ओशो के भइल जनमवां : ओशो सिद्धार्थ

Liked

osho siddharth aulia

See More

ओशो के भइल जनमवां, अंगनवां बधाई बाजे हो।। जइसे अवध में अइलन राम, गोकुल गांव में अइलन श्याम; कुचवाड़ा हो ला सगुनवां, अंगनवां बधाई बाजे हो।। मैया सरस्वती पलना झुलावे, देवता सभे फूल बरसावे; देवतीर्थ खुशी में मगनवा, अंगनवां बधाई बाजे हो।। जब-जब आवे महीना अगहन, पूरन चांद के होखे दरसन; याद आवे जनम के छनवा, अंगनवां बधाई बाजे हो।। चंदा-सूरज जैसन अंखियां, हियरा जुड़ावे ऐसन बतियां; सिद्धार्थ गावेलन भजनवां, अंगनवां बधाई बाजे हो।। -ओशो सिद्धार्थ

house of god
house of god
SAVE

Preferences

THEME

LANGUAGE